वीरगंज । भोजपुरी भाषा हमर मातृभाषा ह । जीवन के शुरुवात ही भोजपुरी में भईल एहि से हामरा दिमाग मे यदि पहिला बेर कवनो बिचार आईल त भोजपुरी में ही आईल ।
भोजपुरी भाषा हामरा ख़ातिर सोचे के ताकत ह, जीवन के प्रेरणा ह, काम करे के हिम्मत ह आ लिखे खातिर शब्दन आ बिचार के श्रोत ह ।
धन्यबाद बा अइसन मञ्च बनावेवाला के जे भोजपुरी प्रति के प्रेम आ स्नेह राखेवाला ख़ातिर एगो डेग आगा बढवनी ।